Jump to content

विकिपीडिया:बातचीत पन्ना दिसानिर्देस

विकिपीडिया से
(विकिपीडिया:Talk page guidelines से अनुप्रेषित)

कौनों लेख के बातचीत पन्ना (जहाँ "वार्ता", "वार्तालाप" या "बातचीत" नाँव के टैब पर क्लिक क के पहुँचल जा सके ला) ओह लेख या संबंधित प्रोजेक्ट पन्ना सभ के गुणवत्ता में सुधार खातिर चर्चा करे बदे हवें।

लेख के साथ "वार्ता:उदाहरण" नियर एक ठो बातचीत पन्ना होला; जहाँ "उदाहरण" लेख के नाँव बूझीं।

बातचीत पन्ना पर कौनों बात लिखे में नीचे दिहल चीज के धियान रखे के चाहीं:

मूल बिंदु

नीति के पालन

विकिपीडिया नीति सभ के पालन करीं। बातचीत पन्ना पर लिखत समय कौनों जानकारी के सुधारे या अन्य कौनों उचित सुधार करे खातिर सुझाव दिहल जा सके ला, बाकी ई सुझाव विकिपीडिया नीति के उल्लंघन करे वाला ना होखे के चाहीं। जिंदा लोग के जीवनी वाला लेख सभ पर चर्चा करत समय खास धियान राखीं कि कौनों नीति बिरोधी टिप्पणी मत करीं।

बातचीत पन्ना

जबले चर्चा या टिप्पणी न सुरू करे के होखे, बातचीत पन्ना मत बनाईं। खाली भर {{बातचीत हेडर}} जोड़ के या अइसन कौनों टेम्पलेट जोड़े खातिर बातचीत पन्ना मत बनाईं।

कइसे इस्तेमाल करीं

  • संबाद करीं: आपन बात सहज, साफ़ आ बिनम्र तरीका से समझा के लिखीं।
  • बिसय पर रहीं: मूल बिसय से एन्ने-ओन्ने के बात मत लिखीं, चर्चा में भटकाव मत ले आईं।
  • उद्देश्यपरक रहीं: लेख के बिसय पर वस्तुनिष्ठ (ऑब्जेक्टिव) रह के बात लिखीं, बिबादास्पद बिसय पर आपन निजी राय के आधार बना के बहस मत करीं।
  • सकारात्मक रहीं: चर्चा के उद्देश्य लेख के गुणवत्ता में सुधार होखे के चाहीं।
  • तथ्य आधारित रहीं: बातचीत पन्ना लेख में दिहल जानकारी के तथ्य आधारित बनावे खातिर नीक जगह बा। कौनों तथ्य पर कई स्रोत में बिबाद होखे, या आपके कौनों तथ्य खातिर स्रोत मालुम होखे, साझा करीं।
  • संपादन पर चर्चा करीं: अगर आपके संपादन के वापस क दिहल गइल होखे, आ आप ओकरा के दुबारा लवटा रहल होखीं, संछेप में एकर कारण तथ्य सहित बताईं।
  • प्रस्ताव करीं: लेख में सुधार खातिर कौनों चीज प्रस्तावित कइल चाहत होखीं तब ओकरे बारे में चर्चा करीं।

नीक बेहवार

  • दसखत करीं: अपना सनेसा के अंत में दसखत जरूर करीं।
  • हाशिया दे के लिखीं: लाइन के सुरु में कॉलन (:) लगा के आप लाइन के पछिला कमेन्ट के सुरू होखे के जगह से दाहिने घसका के सुरू करीं। कॉलन के संख्या जेतना रही ओही हिसाब से लाइन दाहिने से सुरू होखी।
  • उचित कड़ी उपलब्ध करा के आपन बात रखीं।

कवन चीज मना बा

  • ब्याक्तिगत कौनों ब्याक्तिगत चर्चा, केहू पर ब्याक्तिगत खराब टिप्पणी, हमला, निंदा नियर चीज बिलकुल मना बा। केहू संपादक सदस्य से ओकर ब्याक्तिगत परिचय या जानकारी माँगल या ओकरे बारे में दिहल भी मना बा।
  • केहू दूसरा के टिप्पणी के अइसन तरीका से मत संपादित करीं की ओकरे बात के अरथ बदल जाय, अपने निजी सदस्य वार्ता पन्ना पर भी अइसन मत करीं।

चर्चा खतम कइल

जवन चर्चा समाप्त हो चुकल होखे उनहन के नीचे दिहल तरीका से बंद क दिहल जाय:

{{Archive top}}
चर्चा वाला सगरी पाठ...
{{Archive bottom}}

अगर आप खुद चर्चा के हिस्सा बानी तब, बीच चर्चा में बंद घोषित मत करीं। अंतिम कमेन्ट के दू हप्ता बाद आप अइसन चर्चा बंद क सकत बानी अगर केहू अन्य प्रयोगकर्ता न उपलब्ध होखे।

pFad - Phonifier reborn

Pfad - The Proxy pFad of © 2024 Garber Painting. All rights reserved.

Note: This service is not intended for secure transactions such as banking, social media, email, or purchasing. Use at your own risk. We assume no liability whatsoever for broken pages.


Alternative Proxies:

Alternative Proxy

pFad Proxy

pFad v3 Proxy

pFad v4 Proxy