Content-Length: 125109 | pFad | https://bh.wikipedia.org/wiki/%E0%A4%AA%E0%A5%80%E0%A4%B8%E0%A4%BE_%E0%A4%95%E0%A5%87_%E0%A4%93%E0%A4%B0%E0%A4%AE%E0%A4%B2_%E0%A4%AE%E0%A5%80%E0%A4%A8%E0%A4%BE%E0%A4%B0

पीसा के ओरमल मीनार - विकिपीडिया Jump to content

पीसा के ओरमल मीनार

विकिपीडिया से
पीसा के मीनार

पीसा के ओरमल मीनार (अंग्रेजी: Leaning Tower of Pisa, इटैलियन: Torre pendente di Pisa) इटली के पीसा शहर में एगो मीनार बा जे पूरा दुनिया में एह बात खाती परसिद्ध बा कि ई एक ओर के ओरमल हवे आ बुझाला कि अब-तब में गिर जाई, बाकी कई सौ साल से एही तरे खड़ा बा।

मूल रूप में, ई घंटाघर (चर्च के) खाती बनावल टावर हवे। एकर निर्माण बारहवीं सदी में सुरू भइल। बनते घरी ई एक ओर तिरपट्टे लागल हालाँकि पूरा बनावल गइल। मानल जाला कि एकरे नेंइ के बानावत घरी एह बात के धियान ना राखल गइल कि एक ओर के माटी नरम बा आ पूरा बोझा ना सह पाई।

वर्तमान में ई टावर, इटली के सभसे परसिद्ध पर्यटन के आकर्षण सभ में एक हवे। लोग पूरा दुनियाँ से एकरा के देखे खाती आवे ला। साल 1987 में यूनेस्को द्वारा एकरा के बिस्व धरोहल स्थल सभ के लिस्ट में सामिल कइल गइल।









ApplySandwichStrip

pFad - (p)hone/(F)rame/(a)nonymizer/(d)eclutterfier!      Saves Data!


--- a PPN by Garber Painting Akron. With Image Size Reduction included!

Fetched URL: https://bh.wikipedia.org/wiki/%E0%A4%AA%E0%A5%80%E0%A4%B8%E0%A4%BE_%E0%A4%95%E0%A5%87_%E0%A4%93%E0%A4%B0%E0%A4%AE%E0%A4%B2_%E0%A4%AE%E0%A5%80%E0%A4%A8%E0%A4%BE%E0%A4%B0

Alternative Proxies:

Alternative Proxy

pFad Proxy

pFad v3 Proxy

pFad v4 Proxy